Wednesday, September 30, 2009

हाथ में मेंहदी मांग सिंदुरवा

बर्बाद कजरवा हो गइले

बाहरे बलम बिना नींद ना आवे

बाहरे बलम बिना नींद ना आवे

उलझन में सवेरवा हो गइले

हाथ में मेंहदी मांग सिंदुरवा

बर्बाद कजरवा हो गइले
बिजुरी चमके देवा गर्जे

घनघोर बदरवा हो गइले

पापी पपीहा बोलियाँ बोले

पापी पपीहा बोलियाँ बोले

दिल धड़के सुवेरवा हो गइले

बाहरे बलम बिन नींद न आवे

उलझन में सुवेरवा हो गइले

हाथ में मेंहदी मांग सिंदुरवा

बर्बाद कजरवा हो गइले
आ...................................

अरे पहिले पहिले जब अइलीं गवनवा

सासू से झगड़ा हो गइले

बाकें बलम पर...अहा अहा

बांके बलम परदेसवा विराजें

उलझन में सुवेरवा हो गइले

हाथ में मेंहदी मांग सिंदुरवा

बर्बाद कजरवा हो गइले

No comments:

Post a Comment